Sunday 31 May 2020

गँगा दशहरा

आज गँगा दशहरा हs.
माने गँगा आजुवे के दिन धरती पे आइल रहीं। गँगा के मईया, माँ, देवी के नॉव अस्तित्व आ संस्कृति के बचावे खातिर दिहल गइल। आदि काल से इ मानल गइल बा की मनुष्य के जवना आ जेकरा से आम जनमानस के फायदा भइल बा उ पूजनीय,वंदनीय साक्षात बा जइसे गौ, गंगा, तुलसी, नीम ,पीपर, सुरुज भगवान आदि। 

लगभग हर सभ्यता के विकास नदी घाटी से ही भइल मानल गइल बा, जइसे सिंधु घाटी सभ्यता,, सिन्धु सरस्वती सभ्यता माने हड़प्पा संस्कृति आदि।

माँ गँगा के धरती प ले आवे में महान प्रतापी राजा भागीरथ के जवन देन रहे उकरा के हिन्दू संस्कृति कबो भुला नईखे सकत, बाकिर सोचे वाली बात ई बा की आजु हमनी के आपन संस्कृति रूपी थाती सहेजे खातिर कतना सजग बानी जा?? 

गँगा जी के पानी बहुत पवित्र मानल गइल बा एह पानी मे अइसन खूबी बा की कतनो दिन रखला के बाद भी इकरा में कवनो गंध भी ना आवे। वैज्ञानिक शोध से ई भी बतावल गईल बा की गँगा जी के पानी मे बैक्टीरिया होला जवन बाकिर जीवाणु के मार देला। गँगा जी के पानी मीठ होखला के वजह से ही "डॉलफिन" जईसन मछरी मिलेली सन जवन की बहुत दुरलभ जाती के मछरी होली सन।


नेपाल, बांग्ला देश के साथे साथ हमनीके देश मे माँ गंगा के आँचर में बसे वाला राज्य उत्तराखंड, यूपी, बिहार आ बँगाल मेन बा, माँ गंगा से ई क्षेत्र के कतना फायदा बा रउआ सभ आराम से सोची विचार क के आंकलन कर सकत बानी जा। 

 आस्था के दूरवेव्हार
 समाज आज भी आपन कुछ पुरातन व्यवहार के चलते कुछ अईसन काम करता जवन की आवे वाला काल्हु खातिर गँगा मईया के अस्तित्व के लगातार मिटावे प तुलल बा जबकि इकर वेद पुराण आ आध्यात्मिक रूप से कवनो लेखा जोखा नईखे जइसे की 

1) प्लास्टिक में फूल भरी के बहा दिहल
2) अगरबत्ती के खोखा के बहावल
3) आलपिन, नया कपड़ा पहनें के बाद पुरान बहा दिहल।
4) साबुन शेम्पू के डिब्बा फेकल 
5) दतुवन क के जेने तेने फेंक दिहल
6) दाह संस्कार संस्कृति में त बा बाकिर ले गईल सब सामान बहावल आदि नईखे।

 इस सब जहाँ तहाँ फेक के कूड़ा करकट फईलावल घाट के गंदगी आ बीमारी के बढ़ावा दिहल बा एह विषय मे सबके जागरूक होखे के चाहिँ, गँगा जी के किनारे जवन भी बाचल सामान बा ओह के ओहिजा के कूड़ादान में ही डाले के चाहिँ। 

[बक्सर जिला में यदि गँगा मईया के बात होई त ओह में छात्रशक्ति के नॉव जरूर लिहल जाई। लगातार 2013 से " हर रविवार गँगा किनार" मुहिम छेड़े वाला छात्रशक्ति के हर एक सदस्य आज अपना निस्वारथ मेहनत के बदौलत आज गँगा मईया के अस्तित्व  बचावे खातिर खाड़ बाड़े, जवन एगो उल्लेखनीय आ बेजोड़ पहल बा।]

हर हर गंगे 🙏🙏
[ फ़ोटो क्रेडिट:- श्री मुकेश पाण्डेय चंदन]
✍️ सु जीत पाण्डेय छोटू।

No comments:

Post a Comment